ज़ायन के तरफ अगुआई (मार्चिंग)

Video

 

May 18, 2015

 

4,000 साल से भी ज्यादा पहले के बात बा, भगवान मेसोपोटामिया में अब्राहम के दर्शन देलन, आ कहलन कि "तू आपन देश से, आपन हित-नात, परिवार से, आ आपन बाप के घर से बाहर निकल के ओह भूमि पर आव, जे हम तहरा के देखावतानी, जेकरा के हम एगो महान राष्ट्र बना देब।" अब्राहम प्रभु के बात मान लेलन. जइसन प्रतिज्ञा कइल गइल रहे, - उ कनान के भूमि पर आ गइलन ,आ आपन बेटा आइज़ैक आउर पोता जैकब़ के साथे उहां रहे लगलन, जैकब़ के नाम बाद में बदल के इसराइल हो गइल। ओह देश के नाम बाद में "इसराइल" पड़ल।

कनान देश में अकाल पड़े के चलते इसराइल आपन 12 बेटा के साथे मिस्र चल गइलन, आउर उहां एगो शक्तिशाली कौम के रूप में उभरलन। इसराइली लोग के ताकत बढे से मिस्र के लोग के खतरा बुझाए लागल, एह से उ लोग इसराइली लोगन के गुलाम बना लेलन आ बंधक के रूप में उनकर जिनगी दुःखदायी बना देलन। मिस्र में 430 बरिस के बाद, मूसा के अगुवाइ में उ लोगन के गुलामी से मुक्ति मिलल, ओकरा बाद उ लोग लाल सागर पार करके अरब चल गइलन, उहां माउंट सिनाई में उनका भगवान के कानून भेटाइल।

इसराइली लोग के जे पीढ़ी मूसा के साथे मिस्र छोड़ देले रहले, ओकरा प्रतिज्ञा कइल गइल देश में आवे के अनुमति ना मिलल काहे कि प्रभु में उ लोग के विश्वास में कमी रहे। उ लोग 40 साल तक जंगल में भटके खातिर मजबूर हो गइलन जब उनका नया पीढ़ी के प्रभु पर विश्वास हो गइल, तब जोशुआ के साथे उ लोगन के प्रतिज्ञा कइल गइल देश में प्रवेश मिलल।

इसराइल के 12 जनजाती पर करीब 400 बरिस तक ले मूसा के कानून व्यवस्था के हिसाब से न्यायाधीश के शासन चलल। जब उ लोग के मन भइल कि जइसे अउर देश में राजा लोग बाड़न, ओइसहीं हमनियों के एगो राजा रहे के चाहीं, तब भगवान, शाउल के उहां के राजा बना देलन,

शाउल 40 बरिस तक उहां राज कइलन, ओकरा बाद राजा डेविड भी 40 बरिस तक उहां राज कइलन। फेर डेविड के बेटा सोलोमन 40 बरिस तक राज कइलन। सोलोमन के शासनकाल के दौरान, इसराइल बहुत गौरवशाली राज्य बन गइल रहे,

एही समय सबसे पहले मंदिर बनावल गइल, लेकिन बुढ़ापा में, सोलोमन के दिल भगवान से दूर हो गइल, त भगवान उनका से बोल देलन कि 10 जनजाती पर तोहार बेटा लोग के शासन ना चली।

सोलोमन के मरे के बाद, इसराइल राज्य बँट गइल. उत्तरी 10 जनजाती पर दुष्ट राजा लोगन के शासन चले लागल, उ लोग डेविड आ सोलोमन के उत्तराधिकारी ना रहन, लेकिन उत्तरी राज्य के नाम ना बदलल, इसराइले नाम चलत रहे. पाछे उ लोग समारिया के आपन राजधानी बनइलन। जे छोट दक्खिनी राज्य रहे, उ जुडाह के नाम से जानल गइल. ओकर राजधानी जेरूसलम बनल, जहां डेविड के वंशज लोग राज कइलन। दक्खिनी राज्य के राजधानी जुडाह के नाम पर उहाँ के निवासी यहूदी कहाये लगलन जा। इसराइल के उत्तरी राज्य के लोग आपन दुष्टता के चलते हार गइलन, आउर असिरियन लोग उनका के बंदी बना लेलन। जे इसराइली इसराइल में रह गइलन, उ लोग ओह बुतपरस्त कौम सब में घुल मिल गइले, जे आके उनका जमींन पर कब्ज़ा कर लेले रहन । इ लोग के नाम समरिटन्स राखल गइल. उत्तरी इजरायल के 10 जनजाती के राष्ट्र फेर कबहूँ ना बनल।

बाद में दूसरा देवता के पूजा करे के सजाय के रूप में दक्खिनी राजधानी जुडाह पर बेबीलोन के कब्ज़ा हो गइल अउर मंदिर के नाश कर दिहल गइल. लेकिन 70 साल के बाद, यहूदी लोग जुडाह लौट के आ गइलन, जेरूसलम में मंदिर फेर से बनावल गइल आ उ लोग पर डेविड के वंशज लोग के शासन चलल।

जीसस क्राइस्ट के समय में, जुडाह के नाम जुडिया पड़ गइल, उ समय उहां रोमन शासन रहे। जीसस क्राइस्ट आउर उनका शिष्य इसराइल घराना के भुलाइल भेड़ के खोज में जुडिया में धर्म शिक्षा के प्रचार में जुट गइलन। साढ़े तीन साल के धर्म प्रचार के बाद यहूदी लोग जीसस क्राइस्ट के आपन मसीहा माने से मना कर देलन आ जीसस क्राइस्ट के क्रूस पर चढ़ावे खातिर रोमन राज्यपाल के राजी कर लेलन। 3 दिन के बाद, जीसस क्राइस्ट फिर से जिंदा हो गइलन आ स्वर्ग में परम पिता के दाहिना हाथ पर चढ़े के पहिले अपने शिष्य लोगन के जीवित रूप में दर्शन देलन.

क्रूस पर चढ़ावल जाये के कुछ समय पहिले जीसस क्राइस्ट भविष्यवाणी कइले रहन कि उनका के ठुकरावे के सजा के तौर पर यरूशलम के जला दिहल जाइ, मंदिर के नष्ट कर दिहल जाइ, आ यहूदी लोग सब देश में कैदी बना के ले जाईल जइहें। इ भविष्यवाणी 70वां ई में पूरा भइल, जब रोमन सम्राट टाइटस जेरूसलम पर विजय प्राप्त कइलन। 1800 साल से ज्यादा तक ले यहूदी सब राष्ट्र में छितरा गइलन।

फिर 1948 में, एगो असंभव घटना घटल। इसराइल राज्य के स्थापना फिर से भइल। यहूदी एक बार फिर प्रतिज्ञा कइल गइल देश में बस गइलन। बहुते ईसाई लोग मानेलन कि इ एगो चमत्कार बा, आउर इ परमेश्वर के वरदान रहे, लेकिन वास्तव में का इ प्रभु के आशीर्वाद रहे कि एकरा पीछे एगो कलुषित ताकत रहे? इ फिल्म में एकर जवाब देवल गइल बा।

 

 

 

mouseover